खेसारी और पवन के बीच चला जमकर युद्ध | War Between Khesari & Pawan #Bhojpuriyanews

सुपरस्टार खेसारी लाल यादव के बनल फिल्म मेंहदी लगाके रखना पुरे देश में एक साथ रिलीज भइल । अउर बाक्स आफिस ओपनींग पर हंगामा मचा दिहलस । दर्शक यह फिल्म के गाना के भी पुरा पसंद कइले आउर खेसारी के एक्सन सीन के भी बहुत लोग सरहना कइले । इ फिल्म में काजल राघवानी आउर संजय पाण्डेय के एक्टिंग के भी लोग काफी पसंद कइले कई लोग त अइसन कहले की फिल्म बार -बार देखे के मन करता । इ फिल्म के निर्देशन रजनीश मिश्रा जी कइले बाड़न ।वुह रउरा सब देखी पवन सिंह भी सरकार राज के ग्रान्ड ओपनींग कइले बाड़न इनकर फिल्म भी पुरा भारत में एक ही साथ रिलीज कइल गइल । आउर मजे के बात इ बा फिल्म के देखे के खाती सिनेंमा हाल में काफी भीड़ लगता । इ नजारा मुम्बई में भी देखे के मिलल । पवन सिंह आपन प्रसंसक के आभार प्रकट कइले बाड़न । दर्शक इनकर फिल्म देखे खाती इतना उत्साह बाड़ । उ आपन दर्शक के अतना तक कहलन की इ फिल्म के सफलता हमार सफलता नइखे इ हमार दर्शक के सफलता बा । आज हम जवन कुछ बानी आपन दर्शक के चलते बानी । असही आपन प्यार दुलार हमरा के देत रहब जा हम रउरा सब खाती हमेशा कोशीश करब की रउरा लोग खाती कुछ कृपा करी