पवन सिंह, अक्षरा सिंह और आम्रपाली दुबे की सत्या का ट्रेलर आउट | Satya Movie Trailer Out

भोजपुरी के सबसे उपर स्टार पवन सिंह आउर अक्षरा सिंह के फिल्म सत्या के टृलर लांच कर दिहल गइल इ टृलर 4 मिनट :54 सेकण्ड के बा जवना के खुब धमाकेदार एक्सन दिखावल गइल बा । ऐह फिल्म में पवन सिंह बाहुबली के भुमीका में बाड़े । आउर हनुमान जी के भक्त भी बाड़े ं । रउरा सब के बता दी फिल्म में पवन सिंह के अपोजीट भोजपुरी के मृगनयनी अक्षरा सिंह बाड़ी आउर मजे के बात इ बा कि रउरा सब के इच्छा रहे कि पवन आउर अमरपाली दुबे एक साथ दिखस त रउरा सब के इच्छा के अनुसार पवन के साथ ऐगो गाना में अमरपाली दुबे ठुमका लगावत नजर अइहन । टृलर में पवन सिंह एगो देश भक्त के रुप में नजर अइहन । ऐह फिल्म में हेलीकापटर के भी इस्तमाल कइल गइल बा । आपलोगन के बता दी ऐह फिल्म के खलनायक दयाशंकर जी बाड़े । पवन सिंह के पिछला फिल्म के तरह यह फिल्म के भी गाना बहुत अच्छा बा इ फिल्म में ऐगो होली पर काफी धमाल मचावत बा । अब इ देखे के बा की पवन आउर अक्षरा के जोड़ी पर्दा पर केतना धमाल मचावता । भोजपुरी के तमाम खबर जाने के खाती सबसक्राइब करी भोजपुरिया न्यूज